Showing posts with label Romantic Songs. Show all posts
Showing posts with label Romantic Songs. Show all posts
Monday, 22 August 2016
Sunday, 14 August 2016
Goriyaa Chand Ke Anjoriya Niyan Gor Baru Ho" - "गोरिया चाँद के अंजोरिया नियन गोर बारू हो" " - Bhojpuri Song Lyrics
Goriyaa Chand Ke Anjoriya Niyan Gor Baru Ho" - "गोरिया चाँद के अंजोरिया नियन गोर बारू हो" " - Bhojpuri Romantic / Love Song Lyrics
गोरिया चाँद के अंजोरिया नियन गोर बारू हो
तोहार जोर केहू नईखे बेजोर बारू हो...
तोहार ओठ चटकर बा गुलाबी नियन
गाल उगल बा नैना शराबी नियन
गोरी रस्वा भरल पोरे पोर बारू हो
तोहार जोर केहू नइखे बेजोड़ बारू हो...
दिल पे बिजली गिरेला जब तकेलु तू
गोरी हंसी के खिरकिया से झाकेलु तू
तू त गमकत बसंती झकझोर बारू हो
तोहार जोर केहू नइखे बेजोड़ बारू हो
एह गली तोहरे खातिर त आयीले हम
तोहरे खातिर त जिनगी गवाईला हम
गोरी चंचल चकोरी चितचोर बारू हो
तोहार जोर केहू नइखे बेजोड़ बारू हो
चाल बिगरल बा सावन के कहात नइखे
बिना तोहरा के एको पल रहात नइखे
भरत मंजूल के नेहिया के डोर बारू हो
तोहार जोर केहू नइखे बेजोड़ बारू हो...
गोरिया चाँद के अंजोरिया नियन गोर बारू हो
तोहार जोर केहू नईखे बेजोर बारू हो...
Subscribe to:
Posts (Atom)